मनवा में हदस समाइल हो रामा पसरे कोरोनवासभकर जिया घबराइल हो रामा संसरे कोरोनवाछींकत खांसत लोगवा से रखिह तूं दूरीमाक्स भा रुमाल राखल नाक पर जरुरीभीड़ देखी लोगवा पराइल हो रामा संसरे कोरोनवामांसाहारी लोगवा बनेला साकाहारीहाथ ना मिलावे लोग डर भइल भारीनमस्कार कही मुस्काइल हो रामा संसरे कोरोनवासाबुन सेनेटाइजर से सभे हाथ धायेबेरी बेरी हाथवा से नाक मुंह ना टोयेफोनवो पर मैसेज सुनाइल हो रामा संसरे कोरोनवाघबराई गइला से भायरस ना भागीपंजरा ना फटकी जो सावधानी जागीचइती के बतिया कहाइल हो रामा पसर कोरोनवा।

कोरोनावायरस से सावधान रहीं